पनामा नहर

पनामा नहर
Panama Canal Map EN.png
पनामा नहर का व्यवस्थानुरेखण, जिसमें लॉक्स और जलमार्गों का क्रम दिखाया गया है
विशिष्टताएँ
जलपाश 3 झाल ऊपर की ओर और 3 नीचे की ओर हर पारगमन में, दोनों लेन में
(दो लेन में तीन स्थलों पर जलपाश)
स्थिति चालू; एक्सटेंशन निर्माणाधीन
संचालन प्राधिकरण पनामा नहर प्राधिकरण (Panama Canal Authority)
इतिहास
मूल स्वामी La Société internationale du Canal
मुख्य अभियंता जॉन फिंडले वैलाक (John Findlay Wallace) (1904–05), जॉन फ्रैंक स्टीवेंस (John Frank Stevens) (1905–07), जॉर्ज वाशिंगटन गोथल्स (George Washington Goethals) (1907–14)
प्रथम उपयोग तिथि 15 अगस्त 1914
पनामा नहर क लोकेशन, नीचे प्रशांत महासागर आ ऊपर की ओर कैरेबियन सागर

पनामा नहर उत्तरदक्खिन अमेरिका के जोड़े वाला थलजोड़, पनामा, जे एही नाँव के देस पनामा में बाटे, एगो पानी की जहाज वाली नहर हवे आ ई प्रशांत महासागरअटलांटिक महासागर के जोड़ेले। एकर कुल लंबाई 77.1 किमी हवे आ एम्मे तीन गो थाला बनल बाड़ें जिनहन में पानी भर के जहाजन के ऊपर उठावल जाला तब जाके ऊ ए नहर के पार कइ पावेलन। ई नहर गाटुम झील से होके गुजरेले। अमेरिका की पूर्वी आ पश्चिमी तट की बीच क दूरी ए नहर की बन गइला से लगभग 8000 मील (12,875 कि॰मी॰) घट गइल नाहीं त एकरी ना रहला पर जहाजन के दक्षिण अमेरिका के हॉर्न अंतरीप से होकर चक्कर लगा के जाए के पड़त रहे।

एकर निर्माण क काम 14 अगस्त 1914 के पूरा भइल रहे आ 15 अगस्त 1914 के ई जहाज आवे-जाए खातिर खोलल गइल ए तरे ई 15 अगस्त, 2014 के आपन 100वाँ जन्मदिन मनवलस। [1]

जब ई नहर बनल रहे तब एसे लगभग 1000 जहाज हर बरिस गुजरें स बाकी अब सौ बरिस बाद इनहन क संख्या लगभग 42 जहाज रोज़ हो चुकल बाटे। ई नहर अपने आप में इंजीनियरी क एगो गजबे नमूना हवे। ई ताजा पानी की गाटुन झील से हो के गुजरे ले आ काहें से की ए झील क जलस्तर समुद्रतल से 26 मीटर ऊपर हवे, एम्में जहाजन के घुसे आ निकाले खातिर तीन गो थाला (लॉक्स) बनावल बा जिनहन में जहाज के घुसा के फिर पानी भरल जाला आ जहाज ऊपर उठी जाला। तब जा के ई जहाज गाटुन झील से हो के गुजार पावे लें।

एह थाला (लॉक्स) क वर्तमान चौड़ाई 35 मीटर बा जेवन आजकाल की बड़का जहाजन खातिर पर्याप्त नइखे। एही से एकरी विस्तार क प्रोजेक्ट चलत बाटे जेवना के 2015 ले पूरा होखले क उम्मीद बाटे।

पनामा नहर के अमेरिकन सोसायटी ऑफ सिविल इंजीनियर्स (American Society of Civil Engineers) क लोग पुरा दुनिया की आधुनिक इंजीनियरी की सात गो आश्चर्य में अस्थान दिहले बा लोग। [2]

इतिहास

शुरूआती कोसिस

पनामा नहर बनावे क सबसे पहिली योजना स्पेन के राजा आ पवित्र रोमन साम्राज्य के सम्राट चार्ल्स पंचम सन् 1534 में पास कइलें आ एकरी खातिर सर्वेक्षण करे क निर्देश दिहलन ताकि स्पेनी व्यापारिन आ सेना के पुर्तगालिन से बेहतर जलमार्ग मिल सके आ एअकर लाभ लिहल जा सके। [3] [4] रणनीतिक आ व्यापारिक महत्व आ दुनों नया खोजल गइल महाद्वीपन की बिच्चा में पनामा थलडमरू की कम चौड़ाई की बावजूद इहाँ व्यापारिक मार्ग बनावे क पहिला कोसिस 1658 में स्काटलैण्ड राज्य द्वारा कइल गइल जेवन एगो जमीनी रास्ता रहे बाकी खराब पर्यावरणीय दशा आ उच्चावच की विषमता के कारण एके 1700 में लगभग छोड़ दिहल गइल। [5]

1855 में विलियम कनिश नामक इंजीनियर संयुक्त राज्य अमेरिका की सरकार खातिर काम करत घरी एह इलाका क सर्वेक्षण कइलें आ आपन रिपोर्ट प्रस्तुत कइलें [6] फिन से 1877 में अरमांड रेक्लस (Armand Reclus) नाँव क फ़्रांसीसी सैन्य अधिकारी (इंजीनियर) आ लूसियान नेपोलियन नामक इंजीनियरों लोग मिलके नहर के निर्माण की रास्ता सर्वेक्षण कइल लोग [7] जेवना की पीछे फ़्रांसीसियन द्वारा स्वेज़ नहर बनवला क उत्साह रहे।

निर्माण

फर्डिनेंड डी लेसप
बास अबिसो में खुदाई का कार्य, 1886

फ़्रांस द्वारा इहाँ नहर बनावे क काम 1 जनवरी 1881 के फर्डिनेंड डी लेसप (Ferdinand de Lesseps) की अगुआई में शुरू भइल जे स्वेज नहर का निर्माणकर्ता रहलें।

भूगर्भिक आ जलवैज्ञानिक अध्ययनों की बिना आरम्भ भइल एह काम में अउरी कई किसिम क बाधा आइल जेवना में इहाँ क असह जलवायवीय दशा आ मच्छरन क परकोप की कारण बीमारी आ अउरी दूसर दुर्घटना में तकरीबन 22,000 मजदूरा आ कर्मचारिन क जान गइल।

अंततः 1889 में ई निर्माता कंपनी दिवालिया हो गइल आ फर्डिनेंड डी लेसप क बेटा चार्ल्स डी लेसप के वित्तीय अनियमितता की आरोप में (जिसे पनामा स्कैंडल कहा गया) पाँच साल क सजाय हो गइल। कंपनी के निरस्त कर दिहल गइल आ काम रुक गइल। 1894 में एगो दूसरी कंपनी Compagnie Nouvelle du Canal de Panama क अस्थापना भइल बाकी इहो प्रयास सफल ना भइल।

अमेरिकी निर्माण

बाद में अमेरिकी सरकार कोलंबिया सरकार की संघे संधि-समझौता कइलस आ एह क्षेत्र क अधिग्रहण (तब यह कोलंबिया देश के अंतर्गत रहे) कइलस 1904 में अमेरिकी इंजीनियरों काम शुरू कइलन आ ई नहर के तीन गो ताला बना के पूरा करे क योजना बनल आ शुरूआत भइल।

अमेरिकी लोग बहुत आध्ययन आ निवेश कईला की बाद 1914 में एके पूरा कइल लोग। एक तरह से देखल जाय त वास्को डी बिल्बोया (Vasco Núñez de Balboa) द्वारा पनामा डमरूमध्य के पार कइला की लगभग 400 बरिस की बाद जाके ए नहर क निर्माण हो पावल। ए प्रोजेक्ट में अमरीकी सरकार लगभग $375,000,000 (वर्तमान सम्तुल्य्क $8,600,000,000) खर्च कइलस [8]

तमाम परिवर्तन, विवाद आ अंतर्राष्ट्रीय व्यापार में एकर निष्पक्ष स्थिति बनवले रखे खातिर लगभग 80 किलोमीटर लमहर एह नहर क प्रशासन 31 दिसंबर, 1999 के पनामा के सौंप दिहल गइल।

Other Languages
Afrikaans: Panamakanaal
Alemannisch: Panamakanal
aragonés: Canal de Panamá
العربية: قناة بنما
অসমীয়া: পানামা খাল
asturianu: Canal de Panamá
azərbaycanca: Panama kanalı
башҡортса: Панама каналы
Boarisch: Panamakanal
žemaitėška: Panamas kanals
беларуская: Панамскі канал
беларуская (тарашкевіца)‎: Панамскі канал
български: Панамски канал
brezhoneg: Kanol Panamá
bosanski: Panamski kanal
Mìng-dĕ̤ng-ngṳ̄: Panama Ông-ò̤
Cymraeg: Camlas Panama
Deutsch: Panamakanal
ދިވެހިބަސް: ޕެނަމާ ކެނަލް
Ελληνικά: Διώρυγα Παναμά
English: Panama Canal
Esperanto: Panama kanalo
føroyskt: Panamaveitin
français: Canal de Panama
客家語/Hak-kâ-ngî: Panama Yun-hò
עברית: תעלת פנמה
हिन्दी: पनामा नहर
Fiji Hindi: Panama Canal
hrvatski: Panamski kanal
interlingua: Canal de Panama
Bahasa Indonesia: Terusan Panama
Ilokano: Kanal Panama
日本語: パナマ運河
Basa Jawa: Terusan Panama
ქართული: პანამის არხი
한국어: 파나마 운하
къарачай-малкъар: Панама илипин
Кыргызча: Панама каналы
Lëtzebuergesch: Panamakanal
Limburgs: Panamaknaal
lumbaart: Canal de Panama
lietuvių: Panamos kanalas
latviešu: Panamas kanāls
олык марий: Панама канал
Baso Minangkabau: Tarusan Panama
македонски: Панамски Канал
മലയാളം: പനാമ കനാൽ
Bahasa Melayu: Terusan Panama
नेपाली: पानामा नहर
नेपाल भाषा: पनामा नहर
Nederlands: Panamakanaal
norsk nynorsk: Panamakanalen
ਪੰਜਾਬੀ: ਪਨਾਮਾ ਨਹਿਰ
Piemontèis: Canal ëd Panamà
پنجابی: نہر پانامہ
português: Canal do Panamá
română: Canalul Panama
tarandíne: Canale de Panama
русиньскый: Панамскый канал
srpskohrvatski / српскохрватски: Panamski kanal
Simple English: Panama Canal
slovenčina: Panamský prieplav
slovenščina: Panamski prekop
Soomaaliga: Kanaalka Banama
српски / srpski: Панамски канал
Seeltersk: Panamakanoal
svenska: Panamakanalen
Türkmençe: Panama kanaly
Türkçe: Panama Kanalı
татарча/tatarça: Panama kanalı
українська: Панамський канал
oʻzbekcha/ўзбекча: Panama kanali
vepsän kel’: Panaman kanal
Tiếng Việt: Kênh đào Panama
Yorùbá: Ìladò Panamá
Zeêuws: Panamakanaol
Bân-lâm-gú: Panamá Ūn-hô